बुधवार, 14 अक्तूबर 2020

बिहार में का बा? बिहार में ई बा

मित्रन लोग, ई समय बिहार में चुनाव के प्रचार चल रहल बा धकाधक। जाहिर बा कि पक्ष-विपक्ष दून्नो तरफ से एक-दोसर पर दोषारोपण के तीर दागल जा रहल बा। विपक्ष मनोज वाजपेई के एगो गाना के आधार बना के पूछ रहल बा कि बिहार में का बा। जवाब में सत्ता पक्ष भी बता रहल बा कि बिहार में ई बा। बाकी हमहू त बिहारे में रहअ तानी से हमहू कुछ लिस्ट बनबले बानी कि बिहार में का बा। मित्रन लोग, सबसे पहले बिहार में भ्रष्टाचार बा। हम गर्व से कह सकअ तानी कि ई मामला में आपन बिहार पूरा देशे ना पूरा दुनिया में अव्वल बा। बिना पईसा देले बिहार सरकार के कऊनो दफ्तर में कोई काम ना होला। ईहां तक कि रवा बिहार में लुटा जाए के बाद जब पुलिस के भीडा ज ईब त उहो रवा के दुबारा लूट लिहें। एतने ना रवा के बिहार के बैंक में बिना दस पर्सेंट कमीशन देले लोनो ना मिली जबकि दिल्ली-उल्ली में लोन देबे खातिर बैंक उलटे परेशान रहेला। मित्रन लोग, बिहार में का बा में अगिला बारी बा बेरोजगारी के। उन्नीस सौ नब्बे से ले के आज तक बिहार में लालू-नीतीश यानि पिछड़ा लोग के शासन बा। ई दून्नो बिहार के लोगन के रोजगार देबे के खूब सपना दिखईलें। बाकी स्थिति में कऊनो बदलाव ना आईल। एतने ना बिहार में कौनो आपन रोजगार कईल भी आजकल अपन जान से खिलवाड़ करे के बराबर हो गईल ह। दोकान से घर तक रवा कब, कहां आऊर कईसे लुटा-मरा जाईब कोई नईखे जानत। मित्रन लोग, बिहार में बेबस किसान बा। बिहार में हजार दू हजार टन धान के खरीद करके डबल ईंजन के सरकार द्वारा एमएसपी के कर्त्तव्य पूरा कर लिहल जाता। अभी बिहार में लाखों टन मकई भईल ह बाकी सरकार एकरा के ना खरीदी। बिहार में पहिलहि से ऐग्रिकल्चर प्रोड्यूस मार्केटिंग कमेटी (APMC) नईखे। अब किसान समझे कि उ आपन उपज के का करिहें. बिहार के किसान के पास जिए के कोई रस्ता न ईखे फिर भी लोग जिअता। एक आमदी खेती करअता त घर के चार आमदी बाहर दिल्ली-गुजरात नौकरी करअतारें। मित्रन लोग, अगर रऊआ लोग लागता कि बिहार में खाली लालुए घोटालेबाज बाडन त रवा लोग भुलावा में बानी. ईहाँ हजारों लालू बाडन. आपन नीतीश कुमार भी लालू से कम नईखन. अंतर बस इतना बा कि ई भाजपा के साथे बाडन जेसे जेल के बाहर बाडन. सृजन घोटाला, दवा घोटाला जईसन केतना घोटाला इनकरो राज में हो चुकल बा. मित्रन लोग,बिहार में अशिक्षित शिक्षक बाडे उहो नीतीश कुमार जी के कृपा से. एकबार नीतीश जी पंचायत के मुखिया लोग के मास्टर बहाली के अधिकार दे देले रहलन. फिर त जे बहाली भईल कि पूछीं मत. केतना मास्टर अबहियो बिहार में नकली कागज पर काम कर रहल बाड़ें. बहुत के तअ एक्का से बीसका तक के पहाडा भी नईखे आवत. मित्रन लोग, बिहार में टिकट के बिक्री बा। ई घडी जेतना राजनैतिक पार्टी बिया जमके टिकट बेच रहल बिया. अब बिहार में गरीब आमदी चुनाव ना लड़ सकत. अब चुनाव बराबरी के लडाई ना रह गईल ह. मित्रन लोग, रऊआ लोग कहत होखब कि तब त बिहार के विकल्प के तलाश करे के चाहीं. त हम रवा के बता दीं कि बिहार के सबसे बड़ समस्या ई समय विकल्पहीनता ही बा. तेजस्वी जे लालू जी के बेटा बारें ई बार फिर से जमके क्रिमिनल सबके टिकट बांटले बारन। उ अईसन करके ई साबित कर देले बारें कि ई राष्ट्रीय जनता दल जनता दल न ईखे गुंडा दल बा। राष्ट्रीय गुंडा दल। मित्रन लोग, अगर रवा ई घडी बिहार में कऊनो पार्टी के प्रचार में आईल बानी त सचेत हो जाईं. बिहार में कानून व्यवस्था नईखे। सरकार लापता बिया. अपराधी के साथे-साथे रऊआ के बिहार के पुलिसो से बाच के रहे के पडी। न त बिना बाते के रवा लुटा जाईब आ उहो बिहार पुलिस के हाथे। फिर शिकायत कहाँ करब?