सारी जमा पूँजी ख़तम हो गईल नून रोटी प्याज में
अच्छा दिन आ गईल बा मोदीजी के राज में.
सबसे पहिले भैया नोटबंदी के चोट भईल,
तेकरा बादे भैया कई राज्य में वोट भईल,
फिर पधारली जीएसटी जैसे कोढ़ खाज में,
अच्छा दिन आ गईल बा मोदी जी के राज में.
अब होई देश के निजीकरण अईसन हम सुनअतानी,
जईसन मनमोहन ओईसन मोदी अईसन हम गुनअतानी,
जनता पीट रहल बा माथा बैठल डूबत जहाज में,
अच्छा दिन आ गईल बा मोदीजी के राज में.
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें